असो होलिया में-2

0
548

असो होलिया में-2
असो होलिया में नथिया गढ़ा दीं पिया।।

चानी के चाहीं पिया रुनझुन पायलिया
रुनझुन पयलिया हो रुनझुन पायलिया
कि कनबलिया में-2
कनबलिया में मोतिया मढ़ा दीं पिया।।

सोना के कंगन पिया हीरा के मुनरिया
हीरा के मुनरिया हो हीरा के मुनरिया
कि नकबुलिया में-2
नकबुलिया में लरिया जड़ा दीं पिया।।

चोली भोजपुरिया बनारसी चुनरिया
बनारसी चुनरिया हो बनारसी चुनरिया
कि भरि हियरा में-2
भरि हियरा में जियरा जुड़ा दीं पिया।।

अमरेन्द्र कुमार सिंह,
आरा, भोजपुर, बिहार।