आइल बानी तोहरी दुअरिया माई शारदा

0
1446

आइल बानी तोहरी दुअरिया माई शारदा
नइँया मोर हवाले बाटे तोहरे माई शारदा

बड़ी लमहर बाटे माई तोहरी डगरिया
कइसे आई सूझे ना कवनो नजरिया
लउकत नइखे कतहु किनारा मोहे मइँया
कइसे पाई तोहके बताव कवनो रहिया
खइले बानी केतना ठोकरिया माई शारदा
नइँया मोर हवाले बाटे तोहरे माई शारदा

घर गिरहस्ति में अड़चन बहुत बा
तबो ध्यान मइया हरदम रहत बा
बड़ी परेशानी में घेराइल बानी मइँया
करी कइसे पूजा परी कइसे पइँया
तनि-मनि बचल बा उमिरिया माई शारदा
नइँया मोर हवाले बाटे तोहरे माई शारदा

भक्तन पर हरदम तू होलु सहइया
गिरते उठावेलु भक्तन के भुइयां
तोहरा दर आइल नादान भक्त गणेशवा
ममता के साया बनाव धई के तू भेषवा
तोहरा भक्ति में भइल भोरहरिया माई शारदा
नइँया मोर हवाले बाटे तोहरे माई शारदा

आइल बानी तोहरी दुअरिया माई शारदा
नइँया मोर हवाले बाटे तोहरे माई शारदा

गणेश नाथ तिवारी “विनायक”