कटाक्ष

0
597

कटाक्ष

होई तोहार सितुहा के हाल

अबो खेतवा चरिये जइबऽ
खुरी धुर खुरछरिये जइबऽ

मटर चना हरियर हरियर
लह चह लागत बाटे दीयर
खइबऽ कम लसरिये जइबऽ

का हवऽ सरकारी साँढ़
बिओ बिगल होई डाँड़
हकनिहार के फरिये जइबऽ

फगुओ खाती तऽ रहे दS
जेतने लSहत बा लहे दS
आ कि लील ढेंकरिये जइबऽ

लइकन के पाले परलऽ ना
एह से कतहीं तू़ हरलऽ ना
परबऽ फेर में त उजरिये जइबऽ

जाई बतीसी भीतराम पुर
अलगे आँखी में माटी धूर
कँहरल नइखऽ कँहरिये जइबऽ

सस्ता खून आ महंगा पानी
छतीस घाट के पीअलऽ पानी
टिपुर पर गिरबऽ त मरिये जइबऽ

होई तोहार सितुहा के हाल
बवबऽ मुँह ना पीअबऽ दाल
कुलाँच मारल बिसरिये जइबऽ
आ फागुन में तूँ कबरिये जइबऽ।

विद्या शंकर विद्यार्थी