चिरई के जियरा उदास

0
912

कउना रे सुगनवा के
पनिया पियवली
कउना रे बछियवा के घास

कउना रे बटोहिया पे
मनवा लोभाइ गइल
जागल सपनवा में आस

कउना रे पंडितवा से
दिनवा धराइ गइल
लागे नाहीं भुखिया पियास

कवना रे बहेलिया के
गड़ि गइल नजरिया
चिरई कै जियरा उदास

✍श्लेष अलंकार,
बस्ती, उ.प्र.।