जे जर से कटल बा

0
1409

जे जर से कटल बा
का ऊ कहीं सटल बा ?
जवन फसल मर गइल
का उ कभी फूटल बा ?

माई खातिर बबुआ सोना बा
माई ला बबुआ के रोना बा
आपन बबुआ बेशकीमती होलन
बाकी माई ला टोटका टोना बा

करम के फल कबहुँ मिलबे करी
नीमन करम होई तऽ फरबे करी
जेकरा जांगर में जंग लागल बा
ऊ आन के देखके जरबे करी
विबेक // आरा