जै जनतंत्र

0
573

#जै_जनतंत्र

मंगरुआ के रानी परधानी लड़ी हो।
अब बइठल मंगरुआ फुटानी करी हो।।

नया मोबाइल आ फाइल किनाई।
जनम प्रमान बंसनामा बनाई।
मारी मोहर साइन पहिचानी करी हो।।

पटना के होटल से आई मलाई।
जोजना के रुपिया से गहना गढ़ाई।
बनि मुखिया भतार मनमानी करी हो।।

मुखिया के मीटिंग बीडीओ बुलाई
बीबी मंगरुआ से फाइल ढोवाई
राज मरदा के ऊपर जनानी करी हो।।

अबरी इलेक्शन में हल्ला बा भाई
दारू के बोतल आ मुरगा बँटाई
काटी चानी जे जीती हारी पानी भरी हो।।

अमरेन्द्र कुमार सिंह,
आरा, भोजपुर, बिहार।