पुतरी में बसेला परान

0
855

सोने के हिड़ोलवा
पे काठ के ललनवा
झुलना झुलेला
सारी रात हो…

निरहू गइल बाड़े
पूरबी बनिजिया
छोड़ि के गँउआ
जवार हो…

माई बेचारी
लुगरिया के तरसेली
रोइ रोइ करेली
बिहान हो…

गुहवा में लोटेली
टुटही खटियवा पर..
भिनही से हो गइलै
साँझ हो…

चिठिया न पाती
न कउनो खबरिया
पुतरी में बसेला
परान हो…।
✍श्लेष अलंकार,
बस्ती, उत्तरप्रदेश।