राजनीति के जोगीरा

0
610

*राजनीति के जोगीरा*

पहिलेवाला दाढ़ीबाबा,चूपा जेन्टलमैन।
नैका दाढ़ीवाला लागे,पक्का मेन्टलमैन।

ट्रंपनीति के मान न करे,यूएस में बाइडेन।
दाढ़ीवाला बात न माने,कइले बा ठकठेन।

तीन फीट के चालू मनई, ड्रैगनवाला डाॅन।
दाढ़ीवाला पाँच साल से, कइले बाटे मौन।

टोंटीवाला भाग पराइल,दुनिया बोले सैम।
पाँच साल से लउके नाहिं हाथीवाली मैम।

पलटू चाचा लेले बाड़ें पक्का निर्णय सात।
पाइप से न पानी निकसे,नल चियारे दाँत।

मील फैक्ट्री बंद रहे तब,पापा के सरकार।
बेटा बोले घूमि घूमि के बाँटबि रोजीगार।

घरे-घरे एसी चले जरत बाटे बौल।
छने छने बात बात में होता बीडियो कौल।

बेटा खेले पोगो वोगो बीबी जाली मौल।
बीस लाख के गाड़ी बा महंगा लागे पेट्रौल।

जनता के बंगाल राज में समता बाटे बैन।
घर घर घूमे रमता जोगी ममता दी बेचैन।

अमरेन्द्र कुमार सिंह
आरा भोजपुर बिहार