हमार भोजपुरी शानदार भोजपुरी

0
608

हमार भोजपुरी शानदार भोजपुरी

बहल अइसन फगुनी बयरिया सगरी उमंग छइले बा।
बुढ़वा बार मोछ कके करिया लइकन के संग धइले बा।

लमहर लमहर किन के देले बा लइकन के फिचकारी
लाल पियर हरियरका रंगवा घोरे ला पारा पारी
गली-गली में घुम-घुम खुबीये हुड़दंग मचइले बा
बुढ़वा बार मोछ कके करिया लइकन के संग धइले ।

पिआ पिआ के महुआनी सभनीन संघ कमर हिलावे
हाय हेलो कहि कहि के मेहरीन के पास बोलावे
छुट होला सभ होली में कहि खूबी रंग जमइले बा,
बुढ़वा बार मोछ कके करिया लइकन के संग धइले बा

लइकन के भौजाइयन के उ कहे आपन भौजाई
धके कलाई बरियारी रंग से देला नेहवाई
चढ़ते फागुन कुरतो पायेटा उटंग सिअवइले बा,
बुढ़वा बार मोछ कके करिया लइकन के संग धइले।

विमल कुमार
जमुआँव भोजपुर बिहार