हमार भोजपुरी

0
1352

हम भोजपुरी में रोइना
आ भोजपुरी में गाइना
हाथ जोर के भोजपुरी में
आपन बात सुनाइना

ना जानिना छल प्रपंच
ना लालच हम पालिना
तोलमोल के दिल खोल के
साँचे बात बताइना

छक के छांछ चढ़ाइना
ना पिहीना कोकाकोला
ना जानिना मैगी चाऊ
सतुआ सान के खाइना

ना जानिना राॅक पाॅप
आ डिस्को विस्को
आपन ताल बजाइना
आ सोहर कजरी गाइना

आदर सादर मान जान
आ हित नात के मानिना
दुअरा पर कोई जे आवे
पानी गुर पिआईना

ना केहू से लफड़ा हमरा
ना केहू से झगड़ा बा
गर कोई जे आँख देखावे
ओके पाठ पढ़ाइना

हर कोना में गुँज रहल बा
जय भोजपुरी जय भोजपुरीया
माई भाखे के झंडा हम
देस बिदेस फहराइना

अमरेन्द्र//आरा