हाइकू

0
628

पीट ढिंढोरा
कहत नकलची
खरा माल बा

पाकिट मारे
रंगल सियरवा
शेर खाल बा

रंगही पैसा
दउरे सरपट
का कमाल बा

रावन जिन्दा
रामनामी ओढ़ के
हाथ नाल बा

दस के बीस
तीन पत्ती तमाशा
छद्म जाल बा


✍️कन्हैया प्रसाद रसिक ~
संरक्षक- “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया”, भोजपुरी पत्रिका- “सिरिजन”,
बंगलोर।