चुनावी चकल्लस

0
709

जेने देखीं ओनहीं तबाही बाटे दुनियाँ में
पाप के कमाई लोग लीलतारे सान से।

रामजी के नाम लेके कामना कपार धर
सब्दजाल फेंक फेंक  मिलतारे सान से।

ले लऽ बाबू रामदाना लड्डू लहालोट लागे
संखिआ सुभाव फूल खिलतारे सान से।

सत के सिपाही सोझा आवे में सरम करे
पनही खदोर रोज हिलतारे सान से ।।

✍️कन्हैया प्रसाद रसिक
बंगलोर।