जोगीरा सारा रा रा

0
689

*सारा रा रा रा*
*जोगीरा सारा रा रा*

फूल फूलाइल बा सरसो के
पीयर रंग सिवान।
नर नारी मिल गावत बाड़ें
ऋतु बसंत के गान।
जोगीरा•••••

मौसम के अंदाज गुलाबी
लील रंग असमान।
पीउ पीउ पपीहरा बोले
गुँजत बाग बगान।
जोगीरा•••••

सभके सजना घरे आइल
भइयाजी जापान।
भउजी के मकान सून बा
रोवत बा दलान।
जोगीरा••••••

ताना मारे ननदी देवरा
भउजी तर परसान।
मुँह फूलाके बइठल बारी
करसु ना जलपान।
जोगीरा••••••

कागा बोले काँव काँव त
मुखड़ा प मुस्कान।
अबकी होली में भौजी के
पूरा होई अरमान।
जोगीरा•••••••

टोंटी खोले सइकलवाला
पाक साफ ईमान।
धरना देके मफलरवाला
बनल नेक इन्सान।
जोगीरा•••••••

मौन मोड के दाढ़ीवाला
बनल जब परधान।
बेटा मम्मी देस चालावे
जानेसकल जहान।
जोगीरा••••••

दीदीजी कलकतावाली
बोले बड़ जुबान।
दाँत चियारे हँसुआवाला
मोटूजी परसान।
जोगीरा••••••

पलटू चाचा एम साध के
छोड़े तीर कमान।
लालटेन के सीसा फूटल
तेजस्वी चितान।
जोगीरा••••••

दाँव पेंच ना जाने तनिको
पप्पूजी नादान।
कमलनाथ के ताज हेराइल
गद्दी पर चौहान।
जोगीरा••••••

हाँफत बारी हाथीवाली
साथे न फीलवान।
जोगीजी के जोग देखके
कामरेड हलकान।
जोगीरा••••••

सूट बूट में दाढ़ीवाला
बाँट रहल बा ज्ञान।
सारा रा रा बोल रहल बा
पूरा हिन्दूस्तान।
जोगीरा••••••

कृषि नीति के बदले खातिर
जूटल बा जुटान।
आन बान ना तिरंगा के
कइसन ई किसान।
जोगीरा•••••••

अमरेन्द्र सिंह
आरा