भूला गइल हो

0
566

सारा रा रा रा
जोगीरा सारा रा रा रा ।।

कागज कलम भूल गइल अब
बदल गइल सभ लूर।
लैप टैप पर बजट आइल
पोथी पतरा दूर।
जोगीरा सारा रा••••••।।

प्रोग्रेस के प्लानिंग बनल
बड़का बड़का लक्छ।
वाह वाह सरकार करेले
आह आह बिपक्छ।
जोगीरा सारा रा••••••।।

टेलकाॅम अउ रेल बेचाइल
अबकी बिकी सेल ।
मोटर गाड़ी सस्ता भइल
महंगा डीजल तेल।
जोगीरा सारा रा••••••।।

कार बिकेला एम आर पी प
बिना रेट के धान।
बनिया अफसर बाग बाग
किसान रहे परेसान।
जोगीरा सारा रा••••••।।

दारू बोतल फ्रूटी बनल
बीयर के बा केन।
यूपी पीके मस्त भइल
बिहार में बाटे बैन।
जोगीरा सारा रा•••••।।

अमरेन्दर कुमार सिंह
आरा