भोजपुरी में अंग्रेजी

0
639

*” भोजपुरी में अंगरेजी ” , जोगीरा सारा रा रा रा।।*
भइया जबसे दुबई गइलें
रहेलनि अॅफसेट।
भउजी भोरे जाॅगिंग कके
रहेली परफेक्ट।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

भउजी के मोबाइल में बा
होलीवाला ऐप्स।
राति भर रतजग्गी कइली
डाटा पूरा लैप्स।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

भोरे भोरे कइली भउजी
भइया भिरी फैक्स।
पोलो के टीसर्ट मँगवली
पैमो के सिलैक्स।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

फेसवाॅश बिलीचिंग कइली
लइली ग्लेजर वैक्स।
लेभाइस के जींस पहिनली
रेड चीफ के केट्स।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

मेलामेड के बेल्ट लगइली
रे बैन के ग्लास।
बाॅब हेयर में भउजी हमरो
लागेली एड्वांस।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

घूमे फिरे क्लब में गइली
साथे कुक्कुर पेट।
सखी सहेलर साथे में
चुभुलावेली चकलेट।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

अंगरेजी में बात करेली
ह्वाट्स बट परहैप्स।
डीयर डर्लिंग हेलो बोलसु
कैट वाॅक स्टेप्स।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

कोकाकोला फेन्टा पीअसु
फाँकेली यसनैक्स।
पिज्जा बर्गर चाऊ खाके
करेली रिलैक्स।
*जोगीरा सारा रा रा रा।।*

अमरेन्द्र कुमार सिंह
आरा, बिहार