भोजपुरी होली गीत

0
734

भोजपुरी होली गीत
राधा –
रंग डालऽ ना मो पर मुरारी , चुनर मोर भींजत बा ।।
एक त बहत बाटे पुरुबी
बयरिया
दूजे पिरात बाटे पतली कमरिया
तनिका समझ तू हमरी लाचारी ..चुनर मोर ..।।

बाड़ मनसरहंग तू बाड़ अबाटी
लगबऽ जो हमसे लेलेबऽ मुहें माटी
भूलि जइब तू कूल्हि होशियारी …. चुनर मोर ..।।

कृष्ण –
रंग डालब जरूर राधा प्यारी , चुनर भले भींजत बा ।।
बरिस दिननवा पर आइल बा होरी
अबीर लगाइब डालब रंग घोरी
आज बच के ना जइबू बृजनारी … चुनर भले ..।।

सखियन क झुंड चाहे केतनो ले अइबू
हमरा से आज राधा पार नाहीं पइबू
चाहे केतनो कर तू तइआरी .. चुनर भले ..।।

Krishn murari
कृष्ण मुरारी राय