रंग फगुआ के

0
560

“रंग फगुआ के”

आइल बसन्त मनमीत बाड़े दूर सखी,
सवख जगावे पिक-मोर फगुआ के ।

सरसों पलाश रंगारंग रंगे दस दिस,
दीक देत फगुनी बयार फगुआ के ।

नैन चैन पावे नाहीं रैन दिन कबहूँ,
कब रे सनेस आवे पी के फगुआ के ।

चान के चकोर ताके सोझवे बा नैनन के,
नैनन के चाह पी-दरस फगुआ के ।

संग रंग खेलत उमंग सखी पी के निज,
केकरा संग खेलीं हम रंग फगुआ के ।

नैनन के लोर संग सानत चौकठ के धूरि,
पी के पियारी जे रहे फगुआ के ।

लाल पियर हरियर बसन्ती मधेस रंग,
“ऋषि” निज गात भरे रंग फगुआ के ।

पवन बसन्ती सनेस पी के देस ले जा,
उहवाँ का होला नाहीं रंग फगुआ के?

हृषिकेश चतुर्वेदी,
कोलकाता।