राखी के त्योहार

0
1312

याद आवता राखी के त्योहार दीदीया
एगो धागा भेज दs उपहार दीदीया

बानी परदेस नइखे कवनो उपइया
इहवाँ भेंटाला खाली नगदी रुपइया
हमरे नयना करेला इंतजार दीदीया
एगो धागा भेज दs उपहार दीदीया

रहत रही गावे त भर जा कलाइया
पलभर में टल जाव सगरो बलइया
याद आवेला बचपन के दुलार दीदीया
एगो धागा भेज दs उपहार दीदीया

साइकिल से जा के मिठाई लियाई
बड़की रखउनी कलाई पर बन्हाई
टिका कs के देलु नजर उतार दीदीया
एगो धागा भेज दs उपहार दीदीया

याद आवता राखी के त्योहार दीदीया
एगो धागा भेज दs उपहार दीदीया

  • गणेश नाथ तिवारी श्रीकरपुरी