राजधानी में

0
613

बबुआ चानी काटे रानी संग जवानी में
रहे राजधानी में ना।।

बीबी लोल लाल रंगवावे।
खाना आॅडर से मंगवावे।
बलमा चाय बनावे मउगा जस चुहानी में
रहे राजधानी में ना।।

मउगी मेटरो में घुमेले।
हरदम ऑन लाइन रहेले।
रोज असनान करेले लील रंग के पानी में
रहे राजधानी में ना।।

बबुआ बुल डाॅग घूमावे।
सोड़ा साबुन से नहवावे।
गाँवे कुक्कुर बइठे बाबा के दलानी में
रहे राजधानी में ना।।

सजनी टीप टाॅप रहेले।
क्लब में कैट वाॅक करेले।
सजना काम करेला दर दर प दरवानी में
रहे राजधानी में ना।।

डरलिंग छाम छूम करेली।
माई धान पान करेली।
बाबू काम करेलें मरिमरि के खरिहानी में
रहे राजधानी में ना।।

अमरेन्द्र कुमार सिंह
आरा