???जय माता दी???
सवांग भोजपुरिया सभे, गुन तोहरे गावेंला,
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
दिलवा में मइल नइखे बात कही साफ हो,
गलती कवनो होई जाई कई दिहs माफ हो
तोहरा के चाह के भी केहू ना भुलावेला…….
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
नधाइल बड़हन कार, हो माई थावेवाली,
नजरिया तनि माई आपन, दीह तू डाली
सफल बनइहs माई ई सभे गोहरावेला……..
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
सुखी सम्पन्न रखिहs माई, तू माईभाषा के,
दियना जरवले बानी, जियरा में आशा के
माई करेलु निराश नाही सभें दया पावेला……….
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
एह परिवार के तू जीवन दs ए माता,
जनम देलु करेलु पालन हऊ तू विधाता
सोझाँ तोहरा सभे केहू शीश निहुरावेला……
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
संगीत सुभाष जी सतीश कुमार त्रिपाठी,
जभो परिवार के रसिक जी हई लाठी
विशाल जी के पचरा माई के मनवा भावेला……..
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
जय भोजपुरी हमेशा रहे माई आबाद हो,
जय भोजपुरिया के दिहs आशीर्वाद हो
तोहरे बा किरपा दीपक गाई के सुनावेला……..
माथा टेके माई हो, तोहरे दुवारे आवेला
## दीपक तिवारी, श्रीकरपुर, सिवान