एक समय कंजुसी मे
मशहूर महोदय मुल्ला जी
दोसरा के रस पी जईंहें पर
आपन ना दिहें गुल्ला जी
एक बार कुछ लोग पधरले
मुल्ला जी के दुवारे
घर छोड़ के मुल्ला जी
भगले लगले बाग बहारे
शोचले घरे रहब सभे आई
जेब के दमड़ी जाई
केहु ना केहु कहबे करी
की एक कप चाय पियाईं
ए से निमन ईहंवे बाटे
चाय लागी ना पानी
कुरसी खटिया के तुरवाई
निचवे बइठतानी
एतने देर मे सारा लोग
मुल्ला के पास पहुंचले
कवना कारण आगमन भईल
मुल्ला जी तब पुछले
सभे कहल कब्रिस्तान के
रचछा कईल जरुरी बा
कब्रिस्तान के चारो ओर
बाउंडरी भईल जरुरी बा
गांव के नाते निमन बाउर के
खोज खबर त लिहल जाव
ऊहां बाउंडरी बान्हे खातिर
कुछउ चन्दा दिहल जाव
मुल्ला कहले कब्र मे जे बा उ
कसहुं बाहर आई ना
बाहर वाला जीयत भर मे
कब्र के अंदर जाई ना
चोर चोराई ना गोसयां पुछी
कईसन खबर लिहीं
ह्रदयानंद विशाल बतावअ
काहें चन्दा दिही
रचनाकार : कवि हृदयानंद बिशाल
Comments are closed.