बसंत के प्रभाव

0
608

बसंत के प्रभाव
***********

गोल चनरमा माघ के, घन से गगन बिहून ।
तनी तनी सिहरन लगे, तनी तनी  उनखून ।।

ढोलक झाल मृदंग से, स्वागत नित रितुराज ।
मन के फुरसत बा कहाँ,  उधम मचावल काज ।।

गइल बतीसी गर्त में , आँख कान नादान ।
मन के गेह तुचा भइल , मदिर गंध बिसरान ।।

बोली में रस घोर के, गवले गीत बसंत ।
मन उड़ गइल अकास में, छरकत चले उदंत ।।

~ कन्हैया प्रसाद रसिक ~